छाँह छलकि के गिरल डाल से
पात-पात तूफान बन्द बा
बादल झुकल कि झील-छंद बा
स्वर, सुर, अलंकार
सब के सब सुलग उठी
तू छुअ ज्वाल से
छाँह छलकि के गिरल डाल से
फूल बयार जवा के लोढ़े
सँस जेकाहें के पट ओढ़े
राति काल्हु के
साँझि आजु के
देखत बानी
उषा काल से
छाँह छलकि के गिरल डाल से
Showing posts with label भोजपुरी रचना. Show all posts
Showing posts with label भोजपुरी रचना. Show all posts
Saturday, January 18, 2014
छाँह छलकि के गिरल डाल से / केदारनाथ मिश्र 'प्रभात'
Subscribe to:
Posts
(
Atom
)

